कहवा से आवेली भवानी मैया, के रथवा साजेला हो।कहवा से आवेली शीतली माई, आजन बाजन बाजेला हो।कहवा से आवेली शीतली माई, आजन बाजन बाजेला हो।
कवन सेवकबा, निवतवा बिठाऐवे। चढ़ते कुमार मैया, रानी के बुलाईवे।कवन सेवकबा, निवतवा बिठाऐवे। चढ़ते कुमार मैया, रानी के बुलाईवे। मैहर से आवेली भवानी माई आल्हा रथवा साजेला हो।खड़े धाम से आवेली शीतली माई, आजन बाजन बाजेला हो।
चम चम चमकत माई के सिंदुरवा।गरबा में सोहे अड़हुल के हरवा।चम चम चमकत माई के सिंदुरवा।गरबा में सोहे अड़हुल के हरवा। हंस चढ़कर आवेगी भवानी माई, बिना हथवा साजेला हो।गधा चढ़कर आवेली शीतली माई, आजन बाजन बाजेला हो।
कहवा से आवेली भवानी मैया, के रथवा साजेला हो।कहवा से आवेली शीतली माई, आजन बाजन बाजेला हो।कहवा से आवेली शीतली माई, आजन बाजन बाजेला हो।