Categories
हनुमान (बालाजी) भजन लिरिक्स hanuman balaji bhajan lyrics

Lanka me danka bajaye diya ji anjani ke lalanwa,लंका में डंका बजाए दिया जी अंजनी के ललनवा,balaji bhajan

लंका में डंका बजाए दिया जी अंजनी के ललनवा।

लंका में डंका बजाए दिया जी अंजनी के ललनवा।


उड़ी-उड़ी हनुमान जी समुद्र पार कईले पल भर मे लंका पहुंच गयो जी अंजनी के ललनवा।
लंका में डंका बजाई दिय जी अंजनी के ललनवा।



उड़ी-उड़ी हनुमान जी सुरसाह घाट गईले
सुरसाह से आर्शीवाद पा गयो जी अंजनी के ललनवा।लंका में डंका बजाई दिया जी अंजनी के ललनवा।

उड़ी-उड़ी हनुमान जी विभिषन कुटीया गईले।
सीता जी के पता लगाई लिया जी अंजनी के ललनवा।लंका में डंका बजाई दिया,जी अंजनी के ललनवा।



उड़ी-उड़ी हनुमान जी अशोक वाटिका गईले।
राम के अंगुठीयाँ गिराई दियो जी अंजनी के ललनवा।सीता जी के शोकवा मिटाई दिया जी अंजनी के ललनवा।लंका में डंका बजाए दिया,जी अंजनी के ललनवा।



उड़ी-उड़ी हनुमान जी अमृत बाग में गईले।
अमृत के बगीया उजाड़ दिया जी अंजनी के ललनवा।अक्षय कुमार के जमलोग पहुँचा दियो जी अंजनी के ललनवा।लंका में डंका बजाए दिय,जी अंजनी के ललनवा।



उड़ी-उड़ी हनुमान जी रावण के सभा गईले।
विभिषन जी के भेदवा बताई दिया जी अंजनी के ललनवा।लंका में डंका बजाए दिया,जी अंजनी के ललनवा।


उड़ी-उड़ी हनुमान जी रावण से ऊचाँ बईठले।
लंका के कपड़ा लपेट लियो जी अंजनी के ललनवा।लंका में डंका बजाई दिया,जी अंजनी के ललनवा।

उड़ी-उड़ी हनुमान जी पवन बपा के सुमीरले।
पुछिया में अगीया लगायो लियो जी अंजनी के ललनवा।लंका में डंका बजाए दियो,जी अंजनी के ललनवा।



उड़ी-उड़ी हनुमान जी रावण के किला चढ़ले।
लंका के किलवा बहाए दियों जी अंजनी के ललनवा।लंका में डंका बजाए दियों,जी अंजनी के ललनवा।



उड़ी-ड़ी हनुमान जी समुद्र घाट अईले
पुछीयाँ के अगीया बुझाई लियों जी अंजनी के ललनवा।मकर ध्वज के जनम कराए दियो जी अंजनी के ललनवा।लंका में डंका बजाए दिया,जी अंजनी के ललनवा।



उड़ी-उड़ी हनुमान जी पताल पूरी गईले।
अहिरावण के मार के गिराए दियों जी अंजनी के ललनवा।राम लक्षुमन के कंधवा पर बईठाई लियों जी, अंजनी के ललनवा।
लंका में डंका बजाए दियों,जी अंजनी के ललनवा।



उड़ी-उड़ी हनुमान जी राम जी के सभा अईले।
लंका के समाचार सुना दियों जी अंजनी के ललनवा।अक्षय कुमार के यमलोक पहुँचाई दियो जी अंजनी के ललनवा।
अपन बेटवा के गदिया बइठाई दियों जी अंजनी के ललनवा।
लंका में डंका बजाए दियो जी अंजनी के ललनवा।

Leave a comment