हमरो शिवजी के लम्बी लम्बी जटवा।हमरो शिव जी के लम्बी लम्बी जटवा,
हमरो शिवजी के लम्बी लम्बी जटवा
गले में बसेला नाग सांप
की सपवें बवाल कइले ना….
मईया गउरा रानी जिद करी दिहलन,
औघड्दानी के दिल देई दिहलन
हम करव भोला से विवाह
ये जीदीया कमाल कइलन ना….
बसहा बईल शिव पालकी बनावलन,
नाग हीं सपवा के मौरी सजावलन
भूत बैताल बरीयात
की दूल्हा कमाल कइलन ना….
परिछन चललन गउरा के माई हो,
दूल्हा के रूप देखी गइलन घबराई हो,
नाग छोड़ले फूँफूँकार
की नगवे बवाल कइले ना….
कईसन नसीब गउरा हमरो के पईलन,
पर्वत पहाड़ शिव धूमीयाँ रमइल,
कइसे रहव शिव साथ
कि गउरा इ का काम कइल ना…..
हमरो शिव जी के लम्बी लम्बी जटवा,
हमरो शिवजी के लम्बी लम्बी जटवा,
गले में बसेला नाग सांप,
की सपवें बवाल कइले ना…..
हमरो शिवजी के लम्बी लम्बी जटवा।हमरो शिव जी के लम्बी लम्बी जटवा,
हमरो शिवजी के लम्बी लम्बी जटवा
गले में बसेला नाग सांप
की सपवें बवाल कइले ना….